Pawan Singh और Khushboo Jain का यह Sad Song उनकी फिल्म Ziddi का है जिसका नाम है – पूछ के बतावs तनी चाँद (Puchh Ke Batawa Tani Chand) | इस गाना को लिखे है Vibhakar Pandey जी जबकि म्यूजिक दिए है Chhote Baba जी | इस गाना को Wave Music यूट्यूब चैनल से रिलीज़ किया गया है | निचे आप इस गाना का वीडियो देख सकते है –
Hamar Jaan Leke Jaan (Pawan Singh) Lyrics
पूछ के बतावs तनी चाँद – लिरिक्स
ई जुल्मी जमाना सितम केतनो ढाही
ना कबहू एह दुनिया से मोहब्बत ओराई
अजब रोग हs जे जानी ऊ जानी
कदर बेकदर के समझ में ना आई
जीये मरे के संगे खईली कसम
संगही सहे के रहे सारा सितम
जीये मरे के संगे खईले कसम
संगही सहे के रहे सारा सितम
उहे जान भईली अनजान काहे
पूछ के बतावs तनी चाँद ऐ चाँद
दूर काहे भईली हमार जान
[म्यूजिक..]
अँखिया से नींद जब रहे लागे दूर हो
कुछ तs ज़रूर होला नैन के कसूर हो
हां काहे के प्रीतिया बनवले भगवान हो
प्रेमी सतावल जाला बाटे परमान हो
ना जाने कईसन बा दिल के जरूरत हो
हर पल निहारेला उनके ही सूरत हो
टूट गईल सारा अरमान काहे
पूछ के बतावs तनी चाँद ऐ चाँद
दूर काहे भईली हमार जान
[म्यूजिक..]
दिल के जरूरत होला सच्चा दिलदार के
बाड़s हरजाई तू तs बुझलs ना प्यार के
फिर ना दुबारा कबो हो पाई प्यार हो
बसल बसावल दुनिया भईल उजार हो
सपनो में ना सोचनी अईसन कबो होई
दिलबर के याद में अखिया कबो होई
घुट घुट के निकले परान काहे
पूछ के बतावs तनी चाँद ऐ चाँद
दूर काहे भईली हमार जान