Pawan Singh का यह गाना उनकी फिल्म Katta Tanal Dupatta Par (कट्टा तनल दुपट्टा पर) का है जिसका नाम है – हमार जान लेके जान (Hamar Jaan Leke Jaan) | इस गाना को लिखे है Madhukar Anand जी जबकि म्यूजिक भी इन्ही का है | इस गाना को Venus Bhojpuri यूट्यूब चैनल से रिलीज़ किया गया है | निचे आप इस गाना को सुन सकते है –
Umariya Ke Rog Ha Najariya Se Hola (Pawan Singh) Lyrics
हमार जान लेके जान – लिरिक्स
हमार जान लेके जान
कहवा चल गईलू जान हो
हमार जान लेके जान
कहवा चल गईलू जान हो
माटी में मिला दिहलू
सारा अरमान हो
प्रीत में हमके दगा दिहलू तू
दिल के दरद बढ़ा के
पल भर में सपना भुला दिहलू तू
दिल के दरद बढ़ा के
[म्यूजिक]
छीन लिहलू तु चैना
दर्द घटले घटे ना
कट गईल पंख अब तs
ना उड़ी मन के मैना
चारु ओर छा गईल गम के बदरिया
सूझे ना रहिया सगरो पसरल अन्हरिया
ना जाने कईसन साजा दिहलू तू
दिल के दरद बढ़ा के
पल भर में सपना भुला दिहलू तू
दिल के दरद बढ़ा के
[म्यूजिक]
रह गईल अब का बाकि
दर्द हो गईल साथी
दिल जे तुरले बा ओह के
कईसे दिल दिही माफ़ी
तु तs बढ़ा दिहलू रिस्ता में दुरी
शायद ई तोहरा खातिर रहे जरुरी
आस के दियना बुता दिहलू तु
दिल के दरद बढ़ा के
प्रीत में हमके दगा दिहलू तु
दिल के दरद बढ़ा के