Khesari Lal Yadav और Honey Be का यह सुपरहिट गाना उनकी फिल्म दुल्हिन गंगा पार के (Dulhin Ganga Paar Ke) का है जिसका नाम है – दुपट्टा आसमानी कलर के (Dupatta Asmani Colour Ke) | इस गाना को लिखे है Pyare Lal Yadav जी जबकि म्यूजिक दिए है Madhukar Anand जी | इस गाना को Yashi Films यूट्यूब चैनल से रिलीज़ किया गया है | निचे आप इस गाना का वीडियो देख सकते है –
Jawani Leke Ud Jaai Kauwa (Khesari Lal Yadav) Lyrics
दुपट्टा आसमानी कलर के – लिरिक्स
चाँद से गोराई लागे छिन लेले बाड़ू
खुशबु गुलाब से तू किन लेले बाड़ू
हां हां किन लेले बाड़ू
लहर मारे दिल में उतर के
हवा देला चेहरा पs फहर के
दुपट्टा आसमानी कलर के
हां देख लs ऐ पिया जिया भर के
दुपट्टा आसमानी कलर के
[म्यूजिक..]
ओठ के ललाई तोहार किरिन लागे भोर के
फीका करे सुरुज के अजोर के
तोहरे ला देले बाड़े ऐ हो मोरे राजा
राम जी ब्यूटी बटोर के
ओठ के ललाई तोहार किरिन लागे भोर के
फीका करे सुरुज के अजोर के
हां तोहरे ला देले बाड़े ऐ हो मोरे राजा
राम जी ब्यूटी बटोर के
चनवो भी देखेला ठहर के
हवा देला चेहरा पs फहर के
दुपट्टा आसमानी कलर के
हां देख लs ऐ पिया जिया भर के
दुपट्टा आसमानी कलर के
[म्यूजिक..]
जईसे सुघराई वइसे दीहले स्वभाव के
सोभा बढ़ावे पायल पाँव के
लाली बाली बिंदिया तs सगरो सजल बा
ऐ हो पिया तोहरे ही नाम के
हां हां हां ! जईसे सुघराई वइसे दीहले स्वभाव के
सोभा बढ़ावे पायल पाँव के
हाय लाली बाली बिंदिया तs सगरो सजल बा
ऐ हो पिया तोहरे ही नाम के
पुरइन के पात जस पसर के
हवा देला चेहरा पs फहर के
दुपट्टा आसमानी कलर के
हां ! देख लs ऐ पिया जिया भर के
दुपट्टा आसमानी कलर के