Ritesh Pandey और Antra Singh Priyanka का यह सुपरहिट धोबी गीत Wave Music यूट्यूब चैनल से रिलीज़ किया गया है जिसका नाम है – माँगीला तs रोवेलू (Mangila Ta Rowelu) | इस गाना को लिखे है J.D. Bahadur जी जबकि म्यूजिक दिए है Aashish Verma जी | निचे आप इस गाना का वीडियो देख सकते है –
Tractor Me Chalo Gori Hawa Lagega – Lyrics
Mangila Ta Rowelu – Lyrics
अरे हे ! सुनत हऊ हो ?
अरे तनी बहरे आवऽ काम हऽ
कवन काम हऽ हो ?
अरे बहुत जरुरी काम हऽ
हऽ बोला का काम हऽ
अरे हम कहत हई की देबू का ?
कुछ पईसा वईसा !
अरे हटऽ !
हटऽ हमरा आँखी के सोझा से
अरे ले लिहऽ बाद में
उधार माँगत हई
उधार !
अरे लेलऽ तऽ कबो देलऽ आज ले ?
शर्म ना लागत हऽ तोहरा
केतना बार लेलऽ
देलऽ आज ले
सुनऽ तोहरा ले एगो बात बतावऽ तानी
अब लगलु बतावे !
पईसा माँगत हई तऽ बतावत हउ ?
तोहरा नियन हम मरद ना देखनी !
का हो ?
बाड़ऽ तू बेशरम हो माथा होता गरम हो
बाड़ऽ तू बेशरम हो माथा होता गरम हो
बाड़ऽ तू बेशरम हो माथा होता गरम हो
बाड़ऽ तू बेशरम हो माथा होता गरम हो
बेटियों के धईल निकाल लेलऽ हो
बेटियों के धईल निकाल लेलऽ हो
मेहररुवे से हरदम उधार लेलऽ हो
मेहररुवे से हरदम उधार लेलऽ हो
मेहररुवे से हरदम उधार लेलऽ हो
अच्छा !
तऽ कहाँ से लियावेलु ई कुल पईसावा
हऽ कुल तुहि देलऽ
तऽ के देवेला ?
अजब अत्याचार बा भाई !
अपने कमाई अपने के ना मिलत हऽ
आ का जानत हउ हमके पता ना हऽ
सुनऽ
सुनावऽ
जेब रोजे टोवेलु मांगीला तऽ रोवेलु
जेब रोजे टोवेलु मांगीला तऽ रोवेलु
जेब रोजे टोवेलु मांगीला तऽ रोवेलु
जेब रोजे टोवेलु मांगीला तऽ रोवेलु
सुतला में रोजे डाका डाल देलु हो
सुतला में रोजे डाका डाल देलु हो
हमार दिने के बटोरल राते झार देलु हो
हमार दिने के बटोरल राते झार देलु हो
हमार दिने के बटोरल राते झार देलु हो
[म्यूजिक..]
अच्छा !
तऽ जवन दू दू लाख रुपया राखेलऽ जेबा में
उहे पइसवा लेके हम जमा कऽ देले हई खाता में
दस रुपया बीस रुपया चिल्लर एक रुपया दू रुपया इहे नु रहेला
की लाख दू लाख रहेला जेबा में
अरे लाख रुपया रहित नऽ तऽ तोहार ई ताना सुने के ना मिलित हमके
अरे तू मेहरारू हउ ?
ताना मारत हउ मेहरारू होके !
आई ?
आ तू का करतऽ हउवऽ
आरती उतारत हउवऽ हमार
आ तहार पइसवा कहाँ जाला नऽ
बतावत तानी !
अच्छा ! बतावऽ तनी तऽ हमहू जानी
पैदा कइले बाड़ऽ घर में जवन छव छव लईका
जवन छव छव लईका राजा जवन छव छव लईका
जवन छव छव लईका राजा जवन छव छव लईका
तऽ हम अकेले पैदा कइले हई ?
हऽ तऽ हम कहले रही की पैदा करऽ
मम्मी मम्मी कह के दिन भर मांगे लऽ सन पईसा
मांगे लऽ सन पईसा राजा मांगे लऽ सन पईसा
मांगे लऽ सन पईसा राजा मांगे लऽ सन पईसा
चॉकलेट हऽ बिस्कुट हऽ तऽ आइसक्रीम हऽ दिन भर
पैदा कइले बाड़ऽ घर में जवन छव छव लईका
मम्मी मम्मी कह के दिन भर मांगे लऽ सन पईसा
कह लऽ !
तू ही बतावऽ का हजार देलऽ हो
तू ही बतावऽ का हजार देलऽ हो
मेहररुवे से हरदम उधार लेलऽ हो
मेहररुवे से हरदम उधार लेलऽ हो
मेहररुवे से हरदम उधार लेलऽ हो
[म्यूजिक..]
तऽ तोहरा का बुझाला ?
तू का करेलु दिन भर हमके ना पता चलेला !
हऽ जासूसी करवावे लऽ नऽ
हऽ करवा लऽ
अरे हमके खुदे पता हऽ
का पता हऽ हो ?
तनी बतावऽ
खाली लईकन के बहाना बतियावत बाड़ू हमसे !
तऽ हई सुनऽ !
सुनावऽ !
बिना बोहनी कईले आवे जवन फेरी वाले
जवन फेरी वाले रानी जवन फेरी वाले
जवन फेरी वाले रानी जवन फेरी वाले
तोहरे दरवाजे से कवनो खाली नहीं जाले
खाली नहीं जाले रानी खाली नहीं जाले
खाली नहीं जाले रानी खाली नहीं जाले
कुल पता हऽ
बुझलु ?
अरे आदमी ना बोलेला तऽ एकर मतलब ई थोड़े ना हऽ की
कपारे पऽ चढ़ जा
अच्छा !
तू ना बोलेलऽ ?
तनी बोलऽ तऽ !
बिना बोहनी कईले आवे जवन फेरी वाले
तोहरे दरवाजे से कवनो खाली नहीं जाले
सड़िया से सूट सलवार लेलु हो
सड़िया से सूट सलवार लेलु हो
हमार दिने के बटोरल राते झार देलु हो
हमार दिने के बटोरल राते झार देलु हो
हमार दिने के बटोरल राते झार देलु हो
[म्यूजिक..]
आग लागो तोहरा सूट सलवार में
कवन रंग के सूट सलवार पहिरावे लऽ तू हमरा के
रानी बनाके रखले बाड़ऽ तू हमरा के ?
हउ अब बगले में देखऽ
सवतिया के देखा , पिंकिया के देखा , रिंकिया के देखा ,
सतीश बो बहु के देखा झमका के चले ली
का बुझेलऽ हमरा के सवख ना लागेला
बाकी तोहार फटीचरपन देख के नऽ बहुत बरदाश करी ला
हऽ ! हऽ !
तुही बरदाश करऽ तरु एगो
आ हम A.C. में घुमऽतानी !
अरे तू का A.C में घुमबऽ
A.C. में घूमे खातिर नु पईसा चाही पईसा
आ पूरा गांव में नु हमरा ले खराब कपड़ा कोई ना पहिनेला
हई सुनऽ !
कपड़ा पहिनीला गावे में हमहि सबसे सस्ता
हमहि सबसे सस्ता राजा हमहि सबसे सस्ता
हमहि सबसे सस्ता राजा हमहि सबसे सस्ता
मरद के दुःख बुझे वाला केहू नईखे
खट खट के रानी हमार हालत भइल खस्ता
हालत भइल खस्ता रानी हालत भइल खस्ता
हालत भइल खस्ता रानी हालत भइल खस्ता
कपड़ा पहिनीला गावे में हमहि सबसे सस्ता
खट खट के रानी हमार हालत भइल खस्ता
Ritesh के इज्जत उतार लेलु हो
J.D. के इज्जत उतार लेलु हो
हमार दिने के बटोरल राते झार देलु हो
हमार दिने के बटोरल राते झार देलु हो
हमार दिने के बटोरल राते झार देलु हो
मेहररुवे से हरदम उधार लेलऽ हो
हमार दिने के बटोरल राते झार देलु हो
मेहररुवे से हरदम उधार लेलऽ हो
हमार दिने के बटोरल राते झार देलु हो