Khesari Lal Yadav का यह देवी गीत Khesari Music World यूट्यूब चैनल से रिलीज़ किया गया है जिसका नाम है – सरकार बनी माई के (Sarkar Bani Maai Ke) | इस गाना को लिखे है Kundan Prit और Yadav Raj जी जबकि म्यूजिक दिए है Raushan Singh जी | निचे आप इस गाना को सुन सकते है –
Maai Aaili Angana (Khesari Lal Yadav) Lyrics
सरकार बनी माई के – लिरिक्स
नमस्कार प्रणाम हम खेसारी लाल यादव रउवा सब के गोड़ छू के गोड़ लागतानी |
अपना देश में अजीब सिस्टम हो गईल बा आज के डेट में ||
चाहे ऊ महाराष्ट्र होखे , बिहार होखे , यू पी होखे चाहे कवनो राज्य होखे |
मंदिर के गेट ना खुली लेकिन रैली टाइम से निकल जाता ||
बताई ब्यास लोग के प्रोग्राम के परमिशन नईखे |
लेकिन एह लोग के हउ का कहल जाला बाबू ??
नेमिनेशन ..!!!
हs नॉमिनेशन टाइम से हो जाता ||
का सिस्टम आ गईल बा ?
बताई हमनी के माई के पूजा करे खातिर भी सरकार से परमिशन लेके पूजे के परी
अब बताई की खिसियाई की ना खिसियाई एकरी …!
ब्यास देवी गीत है …!
हs तs पंडाल नईखs सs लागे देत तs खिसियाई ना ?
होईहे कंफ्यूज माई देखी के इन्द्रासन में
मतिया बा मराईल जे बईठल प्रशासन में
देवी मईया जिंदाबाद !
जिंदाबाद ! जिंदाबाद !!
होईहे कंफ्यूज माई देखी के इन्द्रासन में
मतिया बा मराईल जे बईठल प्रशासन में
जब नईखे परमिशन माई के आसन के
तs कईसे छूट मिलल बा नेता लोग के भाषण के
कईसे छूट मिलल बा नेता लोग के भाषण के
देवी मईया जिंदाबाद !
जिंदाबाद ! जिंदाबाद !!
भैरव भईया जिंदाबाद !
जिंदाबाद ! जिंदाबाद !!
अड़हुल फूलवा कहाँ चढ़ेगा ?
थावे वाली के धाम में !!
लाल चुनरी कहाँ चढ़ेगा ?
मईहर वाली धाम में !!
रैली में भरल लोगवा से कोना कोना
कोना !
पूजा में जुटबs तs हो जाई कोरोना
रोना !
भांग खाके कानून बनावs तारs लोग आई ..??
रैली में भरल लोगवा से कोना कोना
कोना !
पूजा में जे जुटबs तs हो जाई कोरोना
रोना !
परिभाषा हवे ईहे तs सुशाशन के
तs कईसे छूट मिलल बा नेता लोग के भाषण के
कईसे छूट मिलल बा नेता लोग के भाषण के
ताजा नारियल कहाँ चढ़ेगा ?
गजरप्पा दरबार में !!
धुप अगरबत्ती कहाँ जरेगा ?
बिंध्यावासनी धाम में !!
सोनू विकाश बा नाशे पs लोगवा लागल
लागल !
यादव राज कुंदन सरकार भईल बा पागल
सरकार भईल बा पागल !
पागल !
सोनू विकाश बा नाशे पs लोगवा लागल
यादव राज कुंदन सरकार भईल बा पागल
भईल दुनिया बा खेसारी अब पिचासन के
तs कईसे छूट मिलल बा नेता लोग के भाषण के
कईसे छूट मिलल बा नेता लोग के भाषण के
जले माई के मूर्ति ना रखाई तले भोट ना दियाई !!