Reliya Re Le Chal Sawariya Ke Gaon (Kalpana) Lyrics

Kalpana का यह दर्दभरा गाना उनकी फिल्म Pyar Mohabbat Jindabad (प्यार मोहब्बत जिंदाबाद) का है जिसका नाम है – रेलिया रे चल साँवरिया के गाँव (Reliya Re Le Chal Sawariya Ke Gaon) | इस गाना को लिखे है Vinay Bihari जी जबकि म्यूजिक भी इन्ही का है | इस गाना को Wave Music यूट्यूब चैनल से रिलीज़ किया गया है | निचे आप इस गाना को सुन सकते है –

Ham Hai Piya Ji Ke Patar Tiriyawa (Kalpana) Lyrics

रेलिया रे ले चल सांवरिया के गाँव – लिरिक्स

रेलिया रे ..!
रेलिया रे चल साँवरिया के गाँव रे
रेलिया रे चल साँवरिया के गाँव रे
चलल नाही जाला
चलल नाही जाला
छाला पड़ गईल बाटे दुनू पाँव रे
हो …! रेलिया रे चल साँवरिया के गाँव रे
रेलिया रे चल साँवरिया के गाँव रे
रेलिया रे ..!

[म्यूजिक..]

याद बगिया के आवे
याद पनघट के आवे
याद झुलुवा के आवे
नदी के तट के आवे
याद बगिया के आवे
याद पनघट के आवे
याद झुलुवा के आवे
नदी के तट के आवे
देहिया बा हमरे लगे उनका भीरी जान बा
अलग होके जिनगी जियल अब नाही आसान बा
देहिया बा हमरे लगे उनका भीरी जान बा
अलग होके जिनगी जियल अब नाही आसान बा
अलग होके जिनगी जियल अब नाही आसान बा
सुख जाई हरियर जिनगी
सुख जाई हरियर जिनगी बिना मिले देहिया के छाव रे
हो हो हो हो हो ओ …!
रेलिया रे चल साँवरिया के गाँव रे
रेलिया रे ..!

[म्यूजिक..]

मिलन के आस बा मन में
अजब के प्यास बा मन में
नयन देखल चाहत बाटे
साजन के दिल दर्पण में
मिलन के आस बा मन में
अजब के प्यास बा मन में
नयन देखल चाहत बाटे
सजन के दिल दर्पण में
साचल सनेहिया से सवरल श्रृंगार बा
का कही केतना कुहकत करेजा हमार बा
हो …! साचल सनेहिया से सवरल श्रृंगार बा
का कही केतना कुहकत करेजा हमार बा
का कही केतना कुहकत करेजा हमार बा
सईया सईया कही के तड़पी
सईया सईया कही के तड़पी
मनवा ना लागे कवनो थाव रे
हो हो हो हो हो ओ …!
रेलिया रे चल साँवरिया के गाँव रे
रेलिया रे !
रेलिया रे !

Pages: 1 2

Govind Singh

मैं इस वेबसाइट पर भोजपुरी गाना का लिरिक्स लिखता हूँ | यदि आपको मेरे द्वारा लिखे गएइस गाने का लिरिक्स पसंद आये तो इसे अपने अपने दोस्तों के साथ भी शेयर जरूर करे |

You may also like...

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *