Rajasthani Ghagra (Pawan Singh) Lyrics

Pawan Singh और Priyanka Singh का यह सुपरहिट गाना Aadishakti Films यूट्यूब चैनल से रिलीज़ किया गया है जिसका नाम है – राजस्थानी घाघरा (Rajasthani Ghagra) | इस गाना को लिखे है Akhilesh Kashyap जी जबकि म्यूजिक दिए है Shishir Pandey & Shyam Sundar जी | निचे आप इस गाना को सुन सकते है –

Yaar 75 (यार 75) – Pawan Singh – Lyrics

राजस्थानी घाघरा – लिरिक्स

रउवा बाली बंगाल से लेयावे के बा
हमरा बिंदिया पs इंडिया हिलावे के बा
आ रउवा बाली बंगाल से लेयावे के बा
हमरा बिंदिया पs इंडिया हिलावे के बा
रेट होखे जवना के खूबे बढ़ चढ़ के
हथवा के चूड़ी संगे चाही चंडीगढ़ के
जदि लेके नाही अईबs तs करब झगड़ा
ऐ धनि हो !
का हो ?
की हमहू लेले आईब राजस्थानी घाघरा
हिलईह पेन्हs के दिल्ली आगरा
साचो ?
की भईया लेले आवs राजस्थानी घाघरा
हिलईहे भऊजी दिल्ली आगरा
तू लोग तs चुपे रहs लोग !

[म्यूजिक..]

गाजियाबाद के गजरा चाही कजरा कानपूर के
पैजनिया पटना के चाही चलूंगी देहिया तूर के
ओढ़नी ओड़िसा से आई ओढ़ी लगबु देवी हो
पूरा बॉडी गहना से ढक लिह बन जाई महल
छपरा के छागल बड़ी बा निक लागल
देखि के बाजार में भईल बानी पागल
आज कहतानी रउवा से लगाईं आसरा
ऐ धनि हो !
का ?
की हमहू लेले आईब राजस्थानी घाघरा
हिलईह पेन्हs के दिल्ली आगरा
की भईया लेले आवs राजस्थानी घाघरा
हिलईहे भऊजी दिल्ली आगरा

[म्यूजिक..]

आखिरी ईक्षा लागल बा दिलवा में ई खाली
अरे सुनले बानी नामी हटे आरा के ओठलाली
सासाराम से सेनूरा ले आईब तू मंगिया सजईह हो
खुश होईह तबे पवन के गरवा लगईह हो
सब चीज यदि ना लईबs सपर के
सुनs अखिलेश छोड़ देबs बक्सर के
बोलs समझ में आईल हs की नाही तोहरा
ऐ धनि हो !
कही ना !
की हमहू लेले आईब राजस्थानी घाघरा
हिलईह पेन्हs के दिल्ली आगरा
की भईया लेले आवs राजस्थानी घाघरा
हिलईहे भऊजी दिल्ली आगरा

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *