Bhojpuri · June 14, 2020 0

Muh Maro Kamaila Ke (Ritesh Pandey) Lyrics

Ritesh Pandey का यह सुपरहिट गाना Global Music Junction – Bhojpuri यूट्यूब चैनल पर रिलीज़ किया गया है जिसका नाम है – मुँह मारो कमईला के (Muh Maro Kamaila Ke) | इस गाना के Lyrics Writer है Rahul Ranjan & Munna Mohit जी जबकि Music Director है Chhotu Rawat जी | निचे आप इस गाना को सुन सकते है –

Badnam Bhaini Tohre Naam Se – Neelkamal Singh – Lyrics

मुँह मारो कमईला के – लिरिक्स

ऐ जी ! कहाँ जात बानी ?
सेठ जी के फोन आईल रहल हs
नौकरी पर जात बानी
कवन सेठ जी ?
नइखे जाए के कतहि नौकरी करे !
अरे जाईब ना कमाईब ना तs खर्चा वर्चा कईसे चली ?
अरे हम बतावत बानी खर्चा वर्चा कईसे चली !

सबसे नीक बाटे सईया किसानी
खुशी बाटे रउवा गउवे में बानी
सबसे नीक बाटे सईया किसानी
खुशी बाटे रउवा घरवे में बानी
मुँह मारो कमईला के ऐ जी बहरा में गईला के
मुँह मारो कमईला के अब बहरा में गईला के

[म्यूजिक..]

महल से नीक बाटे टुटही पलानी
नून रोटी भले खाईब जा
अंखिया के सोझा रहब राजा रउवा
संगहि जिनिगिया बिताईब जा
परदेशवा में होला परेशानी
अपना धनिया के बात तनी मानी
मुँह मारो कमईला के दूरदेशवा में गईला के
मुँह मारो कमईला के अब बहरा में गईला के

[म्यूजिक..]

होली दिवाली अब संगहि मनावल जाई
घूमे के दशहरा के मेला जी
खेती बारी के जिम्मेवारी बा भारी
बाबूजी करेलन अकेला जी
सईया रितेश दुखवा के जानी
मुन्ना राहुल के भरोसे रहतानी
मुँह मारो कमईला के दूरदेशवा में गईला के
मुँह मारो कमईला के परदेशवा में गईला के

Pages: 1 2