Laika Tohre Ke Papa Kahta 2 Is Latest Superhit Bhojpuri Song Sung By Neelkamal Singh. This Song Is Written By Ashutosh Tiwari While Music Given By Priyanshu Singh. It’s Released By Neelkamal Singh Official Youtube Channel.
Song | Laika Tohre Ke Papa Kahta 2 |
Featuring | Neelkamal Singh & Trisha Ker Madhu |
Singer | Neelkamal Singh |
Lyrics | Ashutosh Tiwari |
Music | Priyanshu Singh |
Copyright Label | Neelkamal Singh Official |
Laika Tohre Ke Papa Kahta 2 (Hindi)
जनमईबs तs ! जनमईबs तs !
के पोसी हो ! के पोसी हो !
खोजेलs राजा रोजे सुते के संगहि
एहि से बिछौना लेके रही ले अलगहि
ओनिये रहs तs !
हमरा जरी मत अईहs !!
ऐ हो !
खोजेलs राजा रोजे सुते के संगहि
एहि से बिछौना लेके रही ले अलगहि
ऐ … गईलs की ना दुवार पs ?
अपने हई चार गो धक्का कईले बाड़s सन !
ढेर जनमवलs तs तुहि बझावs
ना खेलईहे पड़ोसी हो
पैदा करे के जिम्मा तोहार बा तs बोलs के पोसी हो
तुहि बतावs ऐ बलमुआ के बाटे दोषी हो
साले साले खाली जनमईबs तs केकरा के कोसी हो
तुहि बतावs हमार सईया ऐमे के बाटे दोषी हो
मुँह एके लेखा बाटे ना चिन्हाता
गलती करे एगो भक में दुसरका पिटाता
कुल्हिन के रंग रूप भेष भूषा एके लेखा भईल बा
ऐ राजा ..!
की हई छोटका तs रात भर ना सुते
भोरे होखते ही पैंट में बिछौने पs मूते
बा तिरछोल एकर रहन पूरा तोहरे पs गईल बा
काहे के कईनी हम तोहरा से शादी
इहे सोची अफशोषी हो
पैदा करे के जिम्मा तोहार बा तs बोलs के पोसी हो
तुहि बतावs हमार राजा आखिर के बाटे दोषी हो
साले साले खाली जनमईबs तs केकरा के कोसी हो
तुहि बतावs हमार राजा आखिर के बाटे दोषी हो
की घरे रहता मरद केकर आज के
बाड़s काम के ना काज के तू दुश्मन अनाज के
ऐ नीलकमल आशुतोष बानी किश्मत के झखत हो
ऐ हो ..!
की एगो माने तs दुसरका चिल्लाला
आ तिसरका तs दिन भर में तीन बेर भूखाला
दुआरा पs काहे एगो लगहर तू गाय नईखs रखत हो
रहब जदि लईके पियावे में बिजी
तs के खाना परोसी हो
पैदा करे के जिम्मा तोहार बा तs बोलs के पोसी हो
तुहि बतावs ऐ बलमुआ के बाटे दोषी हो
साले साले खाली जनमईबs तs केकरा के कोसी हो
तुहि बतावs हमार सईया ऐमे के बाटे दोषी हो
ह.. आज के बाद तीन गो तोहार आ दुगो हमार !