Laika Khelai Ki Tohra Ke (Neelkamal Singh) Lyrics

Posted by

Neelkamal Singh का यह सुपरहिट गाना CIC Pictures यूट्यूब चैनल से रिलीज़ किया गया है जिसका नाम है – लईका खेलाई की तहरा के (Laika Khelai Ki Tohra Ke) | इस गाना को लिखे है Arun Bihari जी जबकि म्यूजिक दिए है Aashish Verma जी | निचे आप इस गाना को सुन सकते है –

Ab Satawal Chhod Da – Neelkamal Singh – Lyrics

लईका खेलाई की तहरा के – लिरिक्स

बानी तबाह तुहु छोड़ेलs ना बाँह
ओने खींचेला बबुआ अँचरा के
ऐ हो ! बानी तबाह तुहु छोड़ेलs ना बाँह
ओने खींचेला बबुआ अँचरा के
काहे बाड़s उखमजल सईया
लईका खेलाई की तोहरा के
काहे बाड़s उखमजल सईया
लईका खेलाई की तोहरा के

[म्यूजिक..]

दूध बिना लईका रोवे रहेलs अगोर के
बेरा तू बनवले बाड़s सांझे रात भोर के
बाऊर बा रहन सईया तनी ना सोहाला
दूर जदि जाई तs बबुआ चिल्लाला
ऐ हो ! दूध बिना लईका रोवे रहेलs अगोर के
बेरा तू बनवले बाड़s सांझे रात भोर के
बाऊर बा रहन सईया तनी ना सोहाला
दूर होई तनिको तs बबुआ चिल्लाला
ताव बा आईल तोहरा लईका बा भुखाईल ओने
धरेलs राह नाही बहरा के
काहे बाड़s उखमजल सईया
लईका खेलाई की तोहरा के
काहे बाड़s उखमजल सईया
लईका खेलाई की तोहरा के

[म्यूजिक..]

थोड़े देर रहs नीलकमल महटियाई के
तोहरे भीरी आईब हाली बबुआ सुताई के
झूठो के करेलs राजाजी हिरिस
देब का निकाल हमार देहिया के गिरिस
ऐ ! थोड़े देर रहs ऐ विवेक महटियाई के
तोहरे भीरी आईब हाली बबुआ सुताई के
झूठो के करेलs राजाजी हिरिस
दिहलs निकाल हमार देहिया के गिरिस
नईखे बुझात एने लईका बा उहात
तनी धके सुघुरावे दs कपरा के
काहे बाड़s उखमजल सईया
लईका पियाई की तोहरा के
काहे बाड़s उखमजल सईया
लईका खेलाई की तोहरा के

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *