Kud Jaiha Kora Me – Khesari Lal Yadav – Lyrics

खेसारी लाल यादव और अंतरा सिंह प्रियंका का यह सुपरहिट गाना Aadishakti Films से रिलीज़ किया गया है जिसका नाम है – कूद जईह कोरा में (Kud Jaiha Kora Me) | इस गाना को लिखे है अखिलेश कश्यप जी जबकि म्यूजिक दिए है श्याम सुन्दर जी | निचे आप इस Song का वीडियो देख सकते है था लिरिक्स भी पढ़ सकते है –

Rahata Ja ke Ara (Khesari Lal Yadav) Lyrics

कूद जइहs कोरा में – लिरिक्स

कोरा में ! कोरा में !
कोरा में ! कोरा में !
भाई के लागल बा गेटे पs पहरा
कईसे के आई सुनs घरवा से बहरा
अरे नेता जस धरना देले बा हो !
भाई के लागल बा गेटे पs पहरा
कईसे के आई सुनs घरवा से बहरा
धइले धइल प्यार ठंढा गईल कटोरा में
अरे छाली पड़ गईल बा !
चढ़ जइहs छत पs अकोरा में
का ?
आ कूद जइहs जान सीधे कोरा में
चढ़ जइहs छत पs अकोरा में
आ कूद जइहs जान सीधे कोरा में
आ कैच कs लेबs नू ?
अरे हम धोनी के साढ़ू भाई हई
एको चीज तोहार निचे ना छुआये देब

[म्यूजिक..]

कोरा में ! कोरा में !
चलता बहुते कड़ाई हो पढ़ब ना लभ के पढाई हो
अरे मानब ना जान भले भाई से तोहरा हो जाई हमरा लड़ाई हो
अब सारे से लड़बs ?
इनका बहिन के बोलिहे हमारा से ?
चलता बहुते कड़ाई हो पढ़ब ना लभ के पढाई हो
अरे मानब ना जान भले भाई से तोहरा हो जाई हमरा लड़ाई हो
लागता लपेटे के परी बॉडी आपन बोरा में
लपेट ले !
चढ़ जइहs छत पs अकोरा में
आ कूद जइहs जान सीधे कोरा में
जिय !
चढ़ जइहs छत पs अकोरा में
आ कूद जइहs जान सीधे कोरा में
आ गोड़ टूट जाई तब ?
पलास्तरा हो जाई !

[म्यूजिक..]

टेंशन में डालs ना खेसारी हो नीचवे बँधाइल बिया पाड़ी हो
अरे पाड़ी के तोहरा खोल देहब पगहा काम राखल जाई जारी हो
जारी हो ! जारी हो !
टेंशन में डालs ना खेसारी हो नीचवे बँधाइल बिया पाड़ी हो
अरे पाड़ी के तोहरा खोल देहब पगहा काम राखल जाई जारी हो
रस्सी से बँधाइल अखिलेश बँधाइल नईखे डोरा में
डोरा में !
अरे पगहा ना खुली तs मुहे में लगा देब !
का ?
जाबी !
चढ़ जइहs छत पs अकोरा में
आ कूद जइहs जान सीधे कोरा में
चढ़ जइहs छत पs अकोरा में
आ कूद जइहs जान सीधे कोरा में
रुकs ना मनबs तs बालकॉनी से आवत बानी

Pages: 1 2

Arvind Maurya

मैं इस वेबसाइट पर भोजपुरी और हिंदी गाना का लिरिक्स लिखता हूँ | यदि आपको मेरे द्वारा लिखे गए कोई भी गाने का लिरिक्स पसंद आये तो इसे अपने अपने दोस्तों के साथ भी शेयर जरूर करे |

You may also like...

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *