Dari Tora Gawe Jaye Wali Barat Se (Neelkamal Singh) Lyrics

Neelkamal Singh और Shipi Raj का यह सुपरहिट गाना Worldwide Records Bhojpuri यूट्यूब चैनल से रिलीज़ किया गया है जिसका नाम है – डरी तोरा गाँवे जाए वाली बारात से (Dari Tora Gawe Jaye Wali Barat Se) | इस गाना को लिखे है आशुतोष तिवारी जी जबकि म्यूजिक दिए है शंकर सिंह जी | निचे आप इस गाना को सुन सकते है –

Sasura Jaat Badi (Neelkamal Singh) Lyrics

डरी तोरा गाँवे जाए वाली बारात से – लिरिक्स

सुनते आवाज बैंड बाजा के
खाच मरलs हमरा दरवाजा के
हs तs का करी ?
ऐ सुनs ना !
दुवार खाल हो गईल का तोहार ?
सुनते आवाज बैंड बाजा के
खाच मरलs हमरा दरवाजा के
बाड़s परेशान ऐ हो जान कवना बात से
बाड़s परेशान ऐ हो जान कवना बात से
लागता ऐ चिरई निकल जईबू हाथ से
ना हो !
डरी तोहरा गावे जाये वाली हर बरात से
जनि करिह हो जनि छल करिह
घर के लोग के एगुड़ो ना कहल करिह
अच्छा !
ऐ ! अरे जनि करिह हो जनि छल करिह
घर के लोग के एगुड़ो ना कहल करिह
अरे घर के कहल करहि के पड़ी नs !

[म्यूजिक..]

झूठहि डेराके जनि चिंता से गलs
शक बा तs काल्हे टेम्परोरी शादी कs लs
अच्छा नु !
आ परमानेंट के करी ?
आई ..!
का हो ?
चल गईल छोड़ के पहिलकी नु हो
रह गईनी कुहुक के
आ दूध से बा मुँह हमार जरल नु हो
माठा पियतानी फुक के
रहs तू निफिकिर हम ना खेलब जज्बात से
रहs तू निफिकिर हम ना खेलब जज्बात से
काँप जाता जीव लगन वाली हर रात से
हs नु !
डर लागे तोहरा गावे जाये वाली हर बरात से
काल हो जाई हो ढेर बवाल हो जाई
अरे बाक !
दूसर जदि तोहार कोतवाल हो जाई
हs नु ..!
अरे काल कs दिहि हो ई बवाल कs दिहि
तोहरा कोतवाल के हलाल कs दिहि

[म्यूजिक..]

साच कही आशु नाही हम अईसन करब
मौका पारी तs सबका सोझा बाँह धरब
हे हे ..! तोहरा से विश्वासे उबट गईल बा !
काहे हो ?
आखिरी उम्मीद नीलकमला के हो
बाटे तोहरे से जात
आ ना तs साचो रेड़वा के फेड़वा पs से हो
कूद के दे देईब जान
बाकी मु के रहब !
तोहरा से पहिले हम मुवब एह आघात से
तोहरा से पहिले हम मुवब एह आघात से
बाच गईनी ओहिजा से तs मुवब बज्रपात से
डरी तोहरा गावे जाये वाली हर बरात से
मर जाईब हो कुछउ कर जाईब हो
डाल के पेट्रोल देहिया जर जाईब हो
ऐ ..!
अरे जर जाई हो कुछउ कर जाई हो
पी के पेट्रोल साचो मर जाई हो
अरे साला पी के ना रे छिरिक के मरब !

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *