Bhojpuri

Bus Gaile Pardeshwa – बस गईले पिया परदेशवा (Neelkamal Singh) Lyrics

Bus Gaile Pardeshwa Is Dard Bhara Bhojpuri Geet Sung By Neelkamal Singh. This Song Is Released By Vijay Laxmi Bhojpuri Tune Youtube Channel. It’s Written By Aman Albela While Music Given By Shishir Pandey.

SongBus Gaile Pardeshwa
SingerNeelkamal Singh
LyricsAman Albela
MusicShishir Pandey
CopyrightVijay Laxmi Bhojpuri Tune

Bus Gaile Pardeshwa (Hindi)

गवना कराई के जे गईले
फोनवो ना कईले
की साफा ऊ भुलाई गईले ना
गवना कराई के जे गईले
फोनवो ना कईले
की साफा ऊ भुलाई गईले ना
ऐ सखी रे बस गईले पिया परदेशवा
बेदर्दी घरवा नाही अईले ना
ऐ सखी रे बस गईले पिया परदेशवा
बेदर्दी घरवा नाही अईले ना

पिया बिनु सुना लागे घरवा अँगनवा
आँसू बनके बही गईले सारा अरमानवा
हो हो हो ….!
पिया बिनु सुना लागे घरवा अँगनवा
आँसू बनके बही गईले सारा अरमानवा
आ हां हां….!
रहिया निहारे मोर नयनवा
की आवे ना सजनवा
कि हमके रोवाई गईले ना
ऐ सखी रे बस गईले पिया परदेशवा
बेदर्दी घरवा नाही अईले ना
ऐ सखी रे बस गईले पिया परदेशवा
बेदर्दी घरवा नाही अईले ना

कईसे भूल गईले सातो फेरा सात वचनवा
भईले निरदर्ईया पियवा अलबेला अमनवा
कईसे भूल गईले सातो फेरा सातो वचनवा
भईले निरदर्ईया हमार नीलकमल सजनवा
हो ओ …..!
कहवाँ ले भेजी हम खबरिया
की कवने नगरिया
की कुछो ना बताई गईले ना
ऐ सखी रे बस गईले पिया परदेशवा
बेदर्दी घरवा नाही अईले ना
ऐ सखी रे बस गईले पिया परदेशवा
बेदर्दी घरवा नाही अईले ना

Back to top button