Babua Bhail Ba (Arvind Akela Kallu Ji) Lyrics

Arvind Akela Kallu Ji , Shilpi Raj और Antra Singh Priyanka का यह सुपरहिट वीडियो गाना Aadishakti Films यूट्यूब चैनल से रिलीज़ किया गया है जिसका नाम है – बबुआ भईल बा (Babua Bhail Ba) | इस गाना को लिखे है अखिलेश कश्यप जी जबकि म्यूजिक दिए है श्याम सुन्दर जी | निचे आप इस गाना को सुन सकते है –

Shaali Ji Sahara Karo (Arvind Akela Kallu Ji) Lyrics

बबुआ भईल बा – लिरिक्स

आह …!
आह …!
ऐ देवर जी .!
का भईल ऐ भउजी ?
रुकs हम भईया के फोन करतानी !
अरे भईया के मुँह मारो !
एहिजा दुखाता !
रउवा भईया में लागल बानी !
देखी ना गुड्डू डॉक्टर केने बाड़े ?
अरे कहल का चाहतारु ?
पटना से वैधा बोलाई दs ना
चेकअप करवाई दs
इंजेक्शन लगवाई दs ना हो
ऐ देवरु भईये के तोहरा कईल हs कमईया
उपईया कुछ लगाईं दs ना हो
ह ह ह ह …!
ऐ देवरु भईये के तोहरा कईल हs कमईया !
उपईया कुछ लगाईं दs ना हो !!
ठीक बा बोला दे तानी
तब तक सेब खईबू ?
ना !
संतरा खईबू ?
ना !
केला खईबू ?
अरे ना जी ! रउवा के खाली मजाके सूझता
अरे तs बतावs ना का खईबू ?
पनीर पकौड़ा !
आ चटनियों लिया दी ?
तनकिये छा लिया दिहs !
अरे अपाची चालु कके गोलंबर से जाके पनीर पकौड़ा लेयाव
आ सॉस मत भुलईहे !

हेलो भईया ?
हs बोलs !
एहि महीना में बनबs तू पापा खुशखबरी बरियार बा
एहि महीना में बनबs तू पापा खुशखबरी बरियार बा
खेलवना लेले आवs ऐ भईया नाया समाचार बा
झुनझुनवा लेले अईहs ऐ भईया नाया समाचार बा !
अरे तs लेट मत कर !
सदर अस्पताल लेके चल !
हमू फ्लाइट धके आवतानी !
आव भईया ..!

बधाई हो बेटा हुआ है !
ऐ बाबूजी ! माई रे !
भउजी के लईका भईल बा !
जय हो बरहम बाबा !
रउवा हमार मनोकामना पूरा कs देहनी !

आय हाय हाय ..!
अरे चल रे ! मेहमान आया है बधाई गीत गाने ..!
चलो रे !
ऐ राजा बेटा हुआ है
ऐ हो बबुआ के पापा
आ हां हां …!
ऐ हो बबुआ के ऐ हो बबुआ के पापा
आ पन्सउआ दी ऐ जीजाजी
बाड़s कंजूसवे बुझाता
आवs आवs ..!
ऐ हो बबुआ के पापा
बाड़ कंजूसवे बुझाता
ऐ हो बबुआ के पापा
ऐ हां ..! ऐ हां ..!
ह ह ह ह ह …!
अरे धुल उड़ा देलs लोग
जुड़वाँ देब जा !

अरे ऐ सखी हई देखs ना जीजाजी केतना कंजूस बाड़े
हई भतीजा भईल बा आ लुटावत लेमनचूस बाड़े
एक काठा लिख दी का ?
बउरा गईलs !
बताव अईसे सूखा सुखी होखेला ?
चोर हउवे रे
आ ….!
छोटकी चोर हवे
हम …?
बबुआ के चाचा चोर हउवे रे
का ऐ भउजी ..!
रे छोटकी कबहुँ खियावास ना मिठाईया ऊ दिल के कमजोर हवे रे
पपड़ी मंगाव रे !
आ खुरमावा !!
रे छोटकी कबहुँ खियावास ना मिठाईया ई दिल के कमजोर हवे रे
ऐ मनीष जी ! तनी मीठा में रसगुल्ला लेके आवs तs
आ नमकीन में सिंघाड़ा चली ?
धऊरी महाराज !

अंगना में रेडियो दुआरा पs वीडियो छतवा पs डेक लगवा दी जीजाजी
हमरा बबुआ के बरही मना दी जीजाजी
जरनेटर चलाव रे !
हमरा बबुआ के बरही मना दी जीजाजी !!
अरे बरही ता अईसन मनाईब की पूरा जिला जवार देखी
फ़ोन कर रे सुजीत मीडिया अरविन्द बाबा सबके बोलाव
ऐ ब्यास ! तनी पवार के आव तs

बबुआ के मउसी खूब लगवावस
खूब लगवावस जी खूब लगवावस !
चानी पs नूरानी के तेल जतवावस
ना मनबs जा ?
तेल जतवावास जी तेल जतवावास
अरे अगोरेली सौरी के
अरे शुगर हो जाई ऐ ब्यास !
दुवरिया नु हो
जिओ ब्यास ! छलकत जा
अरे अगोरेली सौरी के दुवरिया की अन्न धन्न खूब लुटावस
अरे अगोरेली सौरी के दुवरिया की अन्न धन्न खूब लुटावस
देखी जीजाजी ! ज्यादा नईखी बोलत ?
अपना के देखी ना पहिले !
का ?

अंगना में
हs !
तोहार हिलेला कमर लवंडा नियन अंगना में
आय हाय !
तू तs लागेलs साचो लवंडा नियन अंगना में
एहि से बाड़s बंडा जीजाजी
तोहार बाटे ई फंडा जीजाजी
गमछा ओढ़ी नाचेलs लवंडा नियन अंगना में
तू ना मल्लिका सेरावत नियन नाचेलु ?
हमार बाबूजी बन गईले बबुआ के दादा
बबुआ के दादा हो बबुआ के दादा
माई हमार बनतिया बबुआ के दादी
बबुआ के दादी हो बबुआ के दादी
आशु भईया बन गईले हो पापा
बन गईले हो पापा हो बन गईले हो पापा
हमार भौजाई बन गईली हो माई
ऐ श्याम कल्लू के गाना दs बजाई
अरे जियs रे कश्यप
ओहि पs आकाशवा कमर हिलाई
हिलाव रे …!

भउजी तू काहे चुप बाड़ू ?
तुहु कुछ बोलs !
हs हs तुहु कुछ कढ़ाव दीदी !
हं..! हमरा बुझाता बबुआ जीएम होईहे
ना रे दिदिया डीएम होईहे रे
तुहि गाव तुहि गाव !
रे दिदिया हिन्द के सितारा ई तs सीएम होईहे
मोदी जस पीएम होईहे रे
रे दिदिया हिन्द के सितारा ई तs सीएम होईहे !
मोदी जस पीएम होईहे रे !!
ऊ सब तs ठीक बा लेकिन ऐ शाली जी भतिजवा के का नाम रखाई ?
बिनोद
ना ना ..!
कमलेश
आयी हम ..?
आरु
ह ..! तहरे धन हs ऐ भौजाई
ऐ अखिलेश भईया सतईसा के तैयारी करs लईका सतईसा में पड़ल बा !

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *